ओइसे भी अक्षय कुमार एह घरी बड़ा लोग के टारगेट पर बाड़ें. ऊ जबसे विमल पान मसाला के ऐड में लउकलें, लोग उनके खूब ट्रोल कइल आ उनके विरोधियन के एगो बड़हन लिस्ट बन गइल. उनके फिल्मन के फ्लॉप होखे के बीच ई गुस्सा भी बा कि ऊ जब सेहत खातिर एतना बढ़चढ़ के बोलेलें त फेर गुटखा के काहें परचार कइलें. अब उनके एह बात के आरोप भी लाग रहल बा कि ऊ फिल्मन खातिर बिल्कुल टाइम ना देलें, ना ही अपना कैरेक्टर पर काम करेलें. अक्षय कुमार के एह बात खातिर भी आलोचना होला कि उनके हर साल कई गो फिल्म रिलीज होला, जे से दर्शक उनके देख देख के बोर हो गइल बाड़ें, अब ऊ नीरस हो गइल बाड़ें.
त कहे के माने, कि अक्षय कुमार भी एगो मुख्य कारण बाड़ें बॉलीवुड के डूबत नइया के पीछे, अइसन लोग कहत बा. एह में आपन बयान देके विवाद में अभिनेत्री जान्हवी कपूर के पिता बोनी कपूर भी शामिल हो गइल बाड़ें. का बा उनके बयान, आईं पहिले ऊ जानल जाव.
अइसन का कहि देलें अक्षय कुमार खातिर बोनी कपूर
बोनी कपूर अपना बेटी जान्हवी के फिल्म ‘मिली’ के प्रमोशन खातिर कपिल शर्मा के शो में आइल रहलें. उहवें ऊ बॉलीवुड के लगातार फ्लॉप होत फिल्मन पर आपन राय देहलें. बकौल बोनी कपूर, “कई ऐसे एक्टर्स हैं जो ऐसी फिल्में करते हैं जहां वो 25 से 30 दिन के काम पे पैसे पूरे चाहिए. शुरू से ही उनके इरादे गलत होते हैं. मैं उन ऐक्टर्स के नाम नहीं लेना चाहता लेकिन ऐसे कई ऐक्टर्स हैं जो नाप तोल के काम करते हैं. वो बोलते हैं, कितने दिन का काम है? इसलिए उनका पूरा सेटअप होता है कॉनविनिएन्ट, जैसे हीरोइन अवैलेबल होनी चाहिए, डायरेक्टर अवैलबल होना चाहिए, तो पिक्चर कहाँ से अच्छी बनेगी?
ऊ फेर आगे कहुये कि जदि अभिनेता, निर्देशक, निर्माता ईमानदार ना होई, फिलिम दर्शक के बीच कबो ना चल पाई. “आपका पहला थॉट प्रोसेस ही बेईमान है. जब तक ईमानदारी नहीं आएगी ना, चाहें वो ऐक्टर्स हों, डायरेक्टर्स हो या चाहें वो प्रोड्यूर्स हों, फिल्म अच्छी नहीं बनेगी.”
बोनी कपूर के ई बयान फिल्म इंडस्ट्री में सीधा निशाना अक्षय कुमार के कइले बा, ई त सभे केहू जान गइल बा. अक्षय कुमार ही बाड़ें जिनपर फिल्म ‘सम्राट पृथ्वीराज’ के समय विवाद भइल रहे कि ऊ एतना बड़ फिल्म के मात्र 40-45 दिन ही देहले रहलें, जबकि पीरियड ड्रामा फिल्म में लोग कई कई साल खपा देला. ऐतिहासिक फिल्म सीरीज बाहुबली आ हालिया रिलीज आरआरआर एकर बड़ उदाहरण बा कि फिल्म निर्देशक एस एस राजमौली साउथ के बड़ स्टार लोग के कई कई साल एगो स्टूडियो के अंदरे कैद कर देहलन तब जाके बनल ई महान फिल्म. पृथ्वीराज भारत के महान शासक रहलें अउरी उनका ऊपर बनल फिल्म पर अक्षय कुमार के समय त देबे के चाहत रहे, ओ कैरेक्टर पर काम त करे चाहत रहे. अइसन बात भी मीडिया में आइल कि एह फिल्म खातिर अक्षय कुमार लगभग 60 करोड़ से ज्यादा फीस लेहले रहलें जबकि पूरा फिल्म के बजट 175 करोड़ रहे. फिल्म के बजट के जब एक तिहाई हिस्सा ओकर स्टार ले ली तब फिल्म के सेहत पर असर त पड़बे करी.
एह चर्चा में विवाद किंग केआरके भी कूद गइल बाड़ें, उनके ट्वीट में कहल बा कि हम बोनी कपूर जी के बात से सहमत बानी कि बॉलीवुड के अधिकांश ऐक्टर डायरेक्टर बेईमान बा लोग तबे ओ लोग के फिल्म नइखे चलत. बाकिर हमार बोनी कपूर से सलाह बा कि राउर भी पीछे के तीन फिल्म तेवर, मॉम, मिली फ्लॉप बा, का रउआ भी बेईमान बानी? हालांकि एक तरे से देखल जाव त केआरके के सवाल अतार्किक नइखे.
भोजपुरी में केकरा चलते डूबत बा नईया?
बोनी कपूर के बात जदी भोजपुरी इंडस्ट्री में लागू कइल जाव त ऊ एकदम फिट बइठी. जब भोजपुरी सिनेमा 2005 से 2010 के कालखंड में अपना चरम पर रहे तब भोजपुरिया स्टार अउरी निर्माता निर्देशक लोग के सोचे के चाहत रहे. 2010 के बाद भोजपुरी सिनेमा ह्रास का ओर बढ़त गइल, कंटेन्ट के नाम पर भी अउरी मैकिंग के नाम पर भी. स्टार लोग 1 करोड़ के टोटल बजट वाली फिल्म में 50 से 60 लाख रुपिया फीस लेबे लागल लोग अउरी फिल्मन के बँटाधार होत गइल. अब त रउआ देखते बानी का हाल बा. भोजपुरी फिल्मन के सिनेमाघर जाके देखे वाला दर्शक कट गइलें, ऊ टीवी अउरी यूट्यूब पर फिलिम देखे लगलें. सिंगल स्क्रीन जवन एकमात्र सहारा रहे एह फिल्मन के पब्लिक स्क्रीनिंग के, ऊ सब बंद हो गइली सन. जवना शहर में 10 गो से ऊपर सिनेमाहाल रहे, आज उहाँ एकाध गो बचल बा अउरी उहो अब मल्टीप्लेक्स बन गइल बा आ भोजपुरी फिल्मन से कट्टी कर लेले बा. अभियो भोजपुरी उद्योग सुधरल नइखे, अब हीरो के मार्केट वैल्यू देख के फिल्म के बजट निर्धारित होता.
मिसाल के रूप में, जदी कवनो स्टार के फिलिम मार्केट में 55 लाख में बेचाता त ओकर फीस रही 25-30 लाख, ऊ मान मनौवल के बाद 20 लाख तक आई. माने प्रोड्यूसर आपन मुनाफा के मार्जिन 10-15 लाख रखबे करी त फिल्म के बजट भइल 40 लाख. अब 40 में 20 हीरो लेहले, आ बाकी 20 में रउआ स्क्रिप्ट, गीत संगीत, हीरोइन, चरित्र कलाकार, शूटिंग, एडिटिंग आ प्रोमोशन आदि खातिर रख लीं. अब देख लीं एतना में दू अढ़ाई घंटा के फिलिम बनाएब त का बनाएब?
अब रउआ सोचीं कि बॉलीवुड के नइया जदी अक्षय कुमार अउरी बेईमान निर्माता निर्देशक डूबा रहल बाड़ें, त भोजपुरी उद्योग के हत्यारा के के बा?
(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं.)
ब्रेकिंग न्यूज़ हिंदी में सबसे पहले पढ़ें News18 हिंदी| आज की ताजा खबर, लाइव न्यूज अपडेट, पढ़ें सबसे विश्वसनीय हिंदी न्यूज़ वेबसाइट News18 हिंदी|
Tags: Akshay kumar, Article in Bhojpuri, Bhojpuri, Boney Kapoor
FIRST PUBLISHED : November 11, 2022, 08:00 IST
